सिवान में BJP नेता को गोली मारकर हत्या।
मोटरसाइकिल पर सवार बदमास घर के दरवाज़ा पास मरले सन गोली , और हवाई फायर करते भाग गईले सन।
सिवान के जामो थाना क्षेत्र के सुरतापुर गांव में PDS डीलर सह भाजपा नेता (मंत्री के मंडल) जनार्धन सिंह के बाइक पर सवार बदमास गोली मार के हत्या कर देले बड़ासन।
जनार्धन सिंह के सीना और जांघ में तीन गोली लागल बा , गोली चलते समय उ अपना घर के दरवाज़ा पर बइठल रहले तबे बाइक पर सवार दु गो बदमास अइले और जनार्धन सिंह के गोली मारके भाग गईले। जनार्धन सिंह के गंभीर हालत में सदर अस्पताल में पहुचावाल गईल । स्थिति ठीक न भइला के कारण Dr उनकरा के PMCH रेफर कर देलस । पर PMCH पहुचे से पहिले रास्ते मे उनकर देहांत हो गईल । घटना के बाद क्षेत्र में दहशत के माहौल बनल बा। अभीनतक घटना के मैन वजह पता नइखे चल पावल ।
इधर, वारदात के सूचना मिलते ही पुलिस मौका पर पहुँच गईल और घटना के जाँच पड़ताल में लाग गईल।
आसपास के लोग बदमाशन के पीछा भी कइले ।
गोली के आवाज़ सुनते लोगन में डर के माहौल बन गईल , कुछ लोग पीछा भी कइले लेकिन बदमाशन लोग उनकरो पर गोली चलावे लागले एकरे डर से वू लोग ओहिजा रुक गईले लो। ओकरा बाद जनार्धन सिंह के सदर अस्पताल ले गईल लो वहां इस्थिति ठीक न भइल तक Dr उनके PMCH रेफर कर देलस अउर PMCH लेजाते में रास्ता में उनकर देहांत हो गइल ।
No comments:
Post a Comment