तेजस्वी यादव फेर देहले कांग्रेस के झटका , RJD के द्वारा तय क लिहल गइल विधानपरिषद के 9 गो प्रत्याशी ।
Bihar Legislative Council Election 2022: बिहार में विधानपरिषद चुनाव 24 सीट के खातिर चुनाव होखे वाला बा , एकरे देखते हुए प्रत्याशी लोग के नाम चुने के काम भी चालू हो गइल बा । पता चलल बा कि राष्ट्रिय जनता दल (RJD) 9 सीट खातिर आपन उम्मीदवार तय क लेले बा , ईहे बात कांग्रेस के झटका के तौर पर देखल जाता।
पटना . बिहार में विधानपरिषद के 24 सीट के खातिर चुनाव होखे वाला बा, एकरा चलते सियासि जोर-तोड़ शुरू हो गइल बा , ए पारी सब केहू के नजर महागठबंधन के 2 दल राष्ट्रिय जनता दल (RJD) अउर कांग्रेस पर बा। हाले में विधानसभा के 2 गो सीट पर उपचुनाव भइल हा जेईमे दुनु पार्टी में तक़रार नजर आईल हा । दुनु दल आपन-आपन प्रत्याशी चुनाव मैदान में उतारलें रहलें हा । एकरा देखते बहुत दिन से एक दूसरे के राजनीतिक सहयोगी रहे राजद कांग्रेस के बीच कड़वाहट अपना चरम सीमा पर पहुँच गईल रहे, अब बिहार में विधानपरिषद के खाली सीट पर चुनाव होखे वाला बा , खबर ब की कांग्रेस आपन उम्मीदवार के लेके अभी आपस में सहमति अउर बतियावे के इंतेज़ार करते रह गइल तले राजद आपन 9 गो सीट पर प्रत्याशी भी तय कर लेलस। एहितर तेजस्वी यादव विधानसभा उपचुनाव के बाद कांग्रेस के एगो और झटका दे देले।
बिहार विधानसभा उपचुनाव में कांग्रेस के हिस्सा वाला सीट कुशेश्वरस्थान से राजद के उम्मीदवार उतार के कांग्रेस के झटका देले रहले। अब विधानपरिषद चुनाव में भी कांग्रेस के झटका लागल बा। विधानपरिषद के 24 पर चुनाव के लेके राजद और कांग्रेस के बीच अभीन तक सीट के लेके अन्तिम सहमती नइखे बनल , लेकिन एकरा वावजूद भी तेजस्वी यादव आपन 9 गो उम्मीदवार लगभग तय कर लेले बाड़न , बस राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के तरफ के घोषणा कईल बाकी बा।
No comments:
Post a Comment